मारीआन फ्रांस देश के राष्ट्रवाद की प्रतीक थी | फ़्रांस यूरोप महादीप के पच्छिमी हिस्सा में एगो देस हवे। फ्रांस के राजधानी पैरिस हवे आ ई दुनिया के परभावशाली देसन में से एक हवे। मेट्रोपौलिटन फ्रांस में थलरूप के मामिला में भरपूर बिबिधता मौजूद बा आ कई किसिम के प्राकृतिक लैंडस्केप पावल जालें। वर्तमान फ्रांस के बड़हन इलाका सभ के उठान कई टेक्टॉनिक हलचल सभ के बाद भइल हवे; उदाहरण खाती पैलियोजोइक जुग में भइल हर्सीनियन उत्थान, जेकरे दौरान आर्मोरिकन पठार आ बिचला पठार (मैसिफ सेंट्रल), मोरवान मैसिफ, वोस्जेज आ आर्डन्नीज परबत माला आ कोर्सिका दीप के निर्माण भइल हवे।