उत्तर प्रदेश में इलाहाबाद नगर में खुसरो बाग स्थित है | खुसरू बाग उत्तर प्रदेश के, इलाहाबाद नगर मे एक ठो बिसाल बाग बा जेह मे चार ठो मकबरा मौजूद बाड़ें। जहाँगीर के सभसे बड़का लइका खुसरू मिर्जा (निधन 1622 ई॰) के मकबरा एह मे प्रमुख बाटे जेकरा नाँव प एह बाग के भी नाँव धराइल बाटे। ई बाग इलाहाबाद के पच्छिमी हिस्सा में मोहल्ला खुल्दाबाद में बाटे। इलाहाबाद जंक्शन के सामने थोडा सा दाहिनी ओर हट के एकर पछिला गेट मौजूद बा। ई अकबर के किला से लगभग 2 मील के दूरी पर पच्छिम ओर पड़े ला।